अनारा गुप्ता आ राजीव दिनकर के "ज्वाला’

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल अदाकारा अनारा गुप्ता आ चर्चित अभिनेता राजीव दिनकर अब युवा फिल्मकार जितेन्द्र कुमार गुप्ता के फिल्म “ज्वाला” में नजर अइहें. एह एक्शन भरल फिल्म के निर्देशक हउवें मंजल निर्देशक इकबाल बख़्श जिनकर फिल्म “हम हई मुन्ना भईया’ सफलता के एगो नया रिकार्ड बनवले रहुवे.

“ज्वाला’ के दिलछुआ गीत लिखले बाड़न संतोष पुरी आ संगीत हवे आबिद जमाल के. कहानी लेखक रमेश मिश्रा, नृत्य निर्देशक दिलीप मिस्त्री, एक्शन मास्टर शकील शेख आ कला निर्देशक हउवें रवि कोडके. अनारा गुप्ता के कहना बा कि “ज्वाला” उनुका ला एगो चैलेंज बावे. निर्माता जितेन्द्र कुमार गुप्ता इकबाल बख़्श के निर्देशित फिल्म “हम हई मुन्ना भईया’ देखले रहुवन आ एह कमाल के निर्देशक के एह फिल्म के जिम्मेदारी दिहलन. राजीव दिनकर के कहना बा कि एह फिल्म से इकबाल बख्श के निर्देशन में काम करे के उनुकर साध पूरा हो गइल.

एह फिल्म का कलाकारन में अनारा गुप्ता, राजीव दिनकर, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, अयाज खान, राहुल दायमा, शिवम, मनोज टाइगर, सिकन्दर खान, उस्मान गनी अउर अवधेश मिश्रा के मुख्य भूमिका बा.

एकर सगरी गाना रिकार्ड करावल जा चुकल बा आ फिल्म अब जल्दिये सेट पर जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से.)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।