पॉकेटमार बनली पाखी हेगड़े

सिनेमा भोजपुरी के नंबर 1 अभिनेत्री पाखी हेगड़े हरीश गुप्ता के फिलिम “भईया हमार दयावान’’ में पॉकेटमार बनल बाड़ी. फिल्म में लड़िका के भेस धइले पाखी आपन रोजी रोटी चलावे खातिर पाकिटमारी करत बाड़ि. एकदिन एह पाकिटमार पाखी के भेंट एगो चोर मनोज तिवारी से हो जात बा आ फेर दुनु के दोस्ती हो जात बा. बाद में ई दोस्ती प्यार में बदल जात बा.

एह फिल्म में पाखी हेगडे पहिला बेर मनोज तिवारी के नायिका बनल बाड़ी. आ सबले बढ़ि के पाखी के टॉम बॉय लुक सभतर चरचा के विषय बन गइल बा. एह फिल्म के निर्देशक हउवें असलम शेख.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।