"भईया हमार दयावान’’ के प्रदर्शन 23 मार्च से

ऋषि इंटरनेशनल प्रोडक्शन के बैनर तले बनल निर्माता हरीश गुप्ता के भोजपुरी फिल्म “भईया हमार दयावान’’ के प्रदर्शन 23 फरवरी से मुंबई में होखे वाला बा.

एह मल्टीस्टारर फिल्म में मेगा स्टार मनोज तिवारी “मृदुल’, शुभम तिवारी, पाखी हेगड़े, रिंकु घोष, मोनालिसा, किरण कुमार, मनोज टाईगर, अवधेश मिश्रा, ब्रजेश त्रिपाठी आ अरविंद अकेला “कल्लू’’ के प्रमुख भूमिका बा. निर्देशक बाड़न सुपर हिट निर्देशक असलम शेख. गीत विनय बिहारी आ प्यारे लाल यादव के हवे. संगीट दिहले बाड़न राजेश-रजनीश.

बकौल निर्माता हरीश गुप्ता आ निर्देशक असलम शेख “भईया हमार दयावान’ एगो समहर पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिल्म हवे.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।