बिहार सरकार लगाई जयपुर में मनोज तिवारी के फिल्म प्रदर्शनी

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिलिमन आ ओहसे जुड़ल पोस्टरन के एगो प्रदर्शनी बिहार सरकार जयपुर में लगाई. मकसद बा भोजपुरी फिलिमन का बारे में लोग के जागरूक बनावल. ई पोस्टर प्रदर्शनी 05 अप्रैल से राजस्थान के राजधानी जयपुर में लगावल जाई जवना में भोजपुरी सिनेमा के वैभवशाली सफर के फिल्म पोस्टरन का जरिये देखावल जाई.

बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि अपना प्रदेश के भाषा के फिल्म इण्डस्ट्री के ओह प्रदेशन में फैलावल जाव जहवाँ अबहीं भोजपुरी फिलिमन के पसार नइखे भइल. बिहार सरकार के एह कदम के मनोज तिवारी समेत भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल तमाम कलाकार, निर्माता-निर्देशक स्वागत कइले बाड़न.

गौरतलब बा कि हालही में मेगा स्टार मनोज तिवारी के एगो बड़हन समारोह में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सम्मानित कइले रहले. मनोज तिवारी के फिल्म ‘ससुरा बड़ा पईसा वाला’ सिनेमा भोजपुरी के तिसरका दौर के सबले बड़हन हिट फिल्म मानल जाले आ एकरा बारे में कहल जाला कि ई फिलिम भोजपुरी सिनेमा के फेरी टाँठ कर दिहलसि.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।