एनडी तिवारी के आपन खून के नमूना देही के पड़ी
-

दिल्ली उच्च न्यायालय आदेश दिहले बिया कि अगर दू दिन का भीतर नारायण दत्त तिवारी अपना खून के सैम्पल नइखन दे देत त पुलिस के मदद लेके उनुकर सैम्पल लिहल जाई.
रोहित शेखर के दावा बा कि नारायण दत्त उनुकर नाजायज बाप हउवन आ एकरे के साबित करे खातिर ऊ चाहत बाड़न कि नारायण दत्त तिवारी के खून के सैम्पल ले के डीएनए जाँच करावल जाव.

आंध्र प्रदेश के राज्यपाल रहे का दौरान नारायण दत्त तिवारी के तीन गो औरतन का साथे खराब हाल में देखल गइल रहे जवना का बाद उनुका पद से इस्तीफा दे देबे के पड़ल.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..