रानी रिंकू के बीचे फसले रविकिशन

भोजपुरिया टाइगर रवि किशन एह घरी सिनेमा भोजपुरी के दू गो खुबसूरत बाला रानी चटर्जी आ रिंकू घोष का बीचे पिसात बाड़े. एक का साथे फेरा लिहलन त दोसरकी उनुका फेरा में बिया. ऊ रवि के प्यार में अतना पागल बिया कि हरहाल में उनुका के हासिल कइल चाहत बिया. दिलचस्प बात त ई बा कि दुनु सगी बहन हईं सँ.

आशिक आरिफ मूवी के बैनर के तले निर्माता आशिक मोहम्मद आ आरिफ हुसैन के दिलआवेज के फिल्म “साली बड़ी सतावेली” में रवि किशन जीजा आ रानी चटर्जी उनुकर साली बनल बाड़ी. रिंकू घोष रवि किशन के पत्नी का भूमिका में बाड़ी. फिल्मों में रवि किशन अभिनेता बनल बाड़े. रवि से प्यार करत बाड़ी रानी चटर्जी बाकिर शादी हो जात बा रिंकू घोष से. बस एहिजा से शुरू होत बा बीबी आ साली क बीच तालमेल बइठावे के रोमांचक खेल.

रवि किशन, रानी चटर्जी आ रिंकू घोष के अलावा एह फिल्म में फिरदौस खान, नौसाद खान, साहिल सन्नी, निरुपमा श्री, पुष्पा वर्मा, प्रिया पाण्डे मुख्य भूमिका में बाड़न. राजेश गुप्ता के संगीत आ फणीन्द्र राव के लिखल तेरह गो गीतन से सजल एह फिल्म में कैलास खेर, उदित नारायण, इंदु सोनाली, खुशबू जैन, मोहन राठोड, ममता राउत आ मनोज मिश्रा के आवाज़ बा. कहानी लिखल हवे आर. रंजन के आ पटकथा आ संवाद साहिल सन्नी के बा.

फिल्म के शूटिंग एही महीना शुरू होखत बा.

रविकिशन आ रिंकू घोष के जोड़ी एहसे पहिले हालिया रिलीज “केहू हमसे जीत ना पाई” आ औहसे पहिले “बिदाई”, “सुहागन बना द सजना हमार”, आ “बलिदान” में धमाल कर चुकल बा. आजु के दौर में रिंकू घोष अकेली नायिका बाड़ी से दू गो सफल धारावाहिक आ हिन्दीओ फिलिम कर चुकल बाड़ी.


(उदय भगत आ शशिकांत सिंह के रपट से जोड़ के)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।