‘‘धूम मचईलऽ राजाजी’’ के फर्स्ट प्रिंट आउट

मां शांति एंटरटेन्मेंट के बैनर तले बनल निर्माता जोड़ी सुरेश कुमार मरिक आ सूर्यकान्त निराला के भोजपुरी फिल्म ‘‘धूम मचईलऽ राजाजी’’ के पहिला प्रिंट पिछला दिने अंधेरी (मुंबई) के क्यू लैब से बाहर आइल. एह फिल्म के निर्देशक हउवें चुनमुन पंडित.

फिल्म एगो अइसन पतिपत्नी के कहानी ह, जे अपना गांव के बाहुबलियन के अत्याचार-अनाचार से आजिज होके शहर आ जात बाड़े. बाद में एह लोग के लड़िका बड़ होत बाड़े त समय बदल गइल रहत बा. अलग अलग सुभाव के तीनो बेटा आके अपना गाँव में कवन कमाल करत बाड़े से देखे लायक होखी.

बोध गया (बिहार) के रमणीक जगहन पर शूट भइल एह फिल्म के लेखक रामचन्द्र सिंह, संगीतकार रंजय बावला, गीतकार रामचंद्र सिंह, मनोज मोहित आ सूर्यकान्त निराला, कैमरामैन वेल मुरुगन, कला निर्देशक राजीव रसिक, संकलक अरविंद त्यागी अउर नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा हउवें.

फिल्म के मुख्य कलाकार हउवें छोटू छलिया, गुंजन पंत, रोहित राज, राखी त्रिपाठी, लावण्या वेथी, विपिन सिंह, पंकज मेहता, निरुपमा श्री, सुमन्त मिश्रा, सुधा वर्मा, कमरुल खान, जनार्दन सिंह अउर आईटम गर्ल कविता सिंह.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।