राखेला शान भोजपुरिया जवान के शूटिंग १५ मई से होखी

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित फिल्म निर्माण कंपनी मिथिला टाकिज के भोजपुरी फिल्म “राखेला शान भोजपुरिया जवान” के शूटिंग १५ मई से गुजरात के हलोल में शुरू होखे जात बा. फिल्म के निर्देशक बाड़े ढेर दिन ले पार्थो घोष के एसोसियेट रहल राजू जे पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम के निर्देशन करत बाड़े.

निर्माता मनोज चौधरी के एह फिल्म के कहानी लेखक मनोज टाइगर, गीतकार विनय बिहारी आ कैमरामेन एस. जहाँगीर हउवें. एकर एगो बड़हन खासियत होखी एकर संगीत. पहिला बेर सुपर स्टार आ लोकप्रिय गायक पवन सिंह कवनो फिलिम के संगीतकार बनल बाड़ें. फिल्म में पवन सिंह अभिनयो कइले बाड़न.

मिथिला टाकिज संगे पवन सिंह के ई तिसरकी फिलिम होखी. पहिला फिल्म गुंडई राज बॉक्स ऑफिस पर सफल रहल रहे आ दूसरकी फिलिम “डकैत” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

फिल्म में पवन सिंह संगे प्रतिभा पाण्डे, बृजेश त्रिपाठी, मनोज टाइगर, दिलीप सिन्हा वगैरह के खास भूमिका बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।