भिखारी ठाकुर जयन्ती समारोह के नेवता

मान्यवर,

बड़ा खुशी के साथे सादर निहोरा करत बानी कि भोजपुरियन के कालजयी लोककवि आ कुशल रंगकर्मी भोजपुरी के शेक्सपीयर भिखारी ठाकुर जी के १२४वीं जयन्ती के शुभ अवसर पर गंगा सरयू सोन के धवल धार के संगम तट पर अवस्थित पावन जनम भूमि भिखारी ठाकुर धाम, कुतुबपुर दियारा, छपरा, सारण बिहार में १८ आ १९ दिसम्बर के दू दिन के महोत्सव में रउरा सभे भारी संख्या में आ के कार्यक्रम के सफल बनाईं.

एह महोत्सव में फिल्मी दुनिया के ख्यात अभिनेता अभिनेत्री, गायक गायिका, गीत संगीतकार, रंगकर्मी आ विशिष्ट क्षेत्र के कर्मठ लोग के मेला लागे जा रहल बा. एहमें विधायक गीतकार आ संगीतकार विनय बिहारी, फिल्मकार अभय सिन्हा, दिलीप जायसवाल, प्रदीप कुमार, किरणकान्त वर्मा, सुजीत पुरी, रवि कश्यप, सनोज मिश्रा, दीप श्रेष्ठ, फिल्मी दुनिया के कोहीनूर कुणाल सिंह, अजीत कुमार अकेला, पवन सिंह, पवन सिंह, खेसारी लाल यादव, इन्दु सोनाली, अवधेश मिश्रा, आनन्द मोहन पाण्डेय, सुदीप पान्डेय, रुबी सिंह, छोटू छलिया, मनीष महीवाल, बादल बवाली, कुमार मोहित, डी आनन्द, कुमार उदय, महेश स्वर्णकार, संजय सिंह आ वैष्णवी समेत बहुते कलाकार शामिल होखीहें.

एह समारोह में कुछ चुनल राजनेता, साहित्यकार, पत्रकार, आ कलाकारन के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल जाई.

समारोह स्थल पर चहुँपे खातिर पटना आ आरा से कोइलवर होत बबुरा का रास्ते भिखारी ठाकुर धाम चहुँपल जा सकेला. छपरा से आवे लोग भिखारी मोड़ से गंगा पुल घाट आ के नाव से नदी पार कर के भिखारी ठाकुर धाम चहुँप सकेले.

आशा बा कि एह महोत्सव में रउरा सभे पूरा मनोयोग से शामिल होखब.

रउरा सभे के,

आयोजक मण्डल,
जनकवि भिखारी ठाकुर लोकसाहित्य एवं सांस्कृतिक महोत्सव २०११

1 Comment

  1. Anjan Prasad

    ek or Bhikhari Thakur ke shekespiyar kahal ja rahal ba dosra or vip logan me eko sahityakar ke nam naikhe.DURBHAGYAJANAK!!! Oh list me le-de ke ego shraddhey kalakar ke nam laukata-KUNAL JI.Bujha gail ki eh mahotsav ke bhikhari thakur se katna lena-dena ba.-Anjan Prasad

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।