इतिहास रचाइल भोजपुरी फिलिम में हॉलीवुड स्टार के शूटिंग से

वार्विक डेविस मुंबई में कइलें भोजपुरी फिल्म ‘चिंगारी’ ला शूटिंग

आ आखिर दुनिया भर में पसरल करोड़ों बॉलीवुड आ भोजपुरी भाषियन खातिर एगो इतिहास रचा गइल जब हैरी पॉटर, स्टार वार्स जइसन फिलिमन के हॉलीवुड स्टार वारविक डेविस खुद भारत आके भोजपुरी फिल्म ‘चिंगारी’ ला शूटिंग कइलें. चार्टर्ड प्लेन से भारत आइल हॉलीवुड स्टार वारविक डेविस मुंबई के मड आईलैण्ड में ‘चिंगारी’ के शूटिंग कइलें.

वार्विक डेविस के सेट पर चहुंपते परंपरागत स्वागत कइल गइल. फिल्म ‘चिंगारी’ के निर्माता भारत के खुशी क्रियेशंस एण्ड कम्युनिकेशन के श्रेय श्रीवास्तव आ हांगकांग के कम्पनी सिंटी इंटरटेनमेंट लिमिटेड के विकास राय खुद एह स्वागत में रहलें. समय के प्रतिबद्ध वार्विक डेविस के निर्देशक के.डी. सीन समुझवलें, वार्विक वारविक संवाद बोललें आ सीन ओ.के. हो गइल. पूरा यूनिट आ शूटिंग देखत लोग जोरदार ताली बजावल आ एगो इतिहास रचा गइल. पहिला बेर कवनो हॉलीवुड स्टार भोजपुरी फिल्मों में काम कइलन.

वार्विक डेविस खातिर खास तरह के वेनिटी वैन मंगावल रहे बाकिर वार्विक के एको बेर एह वैनिटी वैन में जात ना देखल गइल. पूरा दिन ओ सेटे पर मौजूद रहलन. बाद में भारतीय सिनेमा के तारीफ करत वार्विक के कहना रहल कि उनुका ला ई गर्व के बात बा कि हिन्दुस्तान आके एहिजा के फिल्म के शूटिंग करत बाड़ें. वार्विक एहिजा के फिल्म इण्डस्ट्रीज, भारतीय लोग, खान पान अउर रहनो सहन के जम के तारीफ कइलन.

शूटिंग के दौरान अपना सोझा हॉलीवुड के अतना बड़ स्टार देख के शूटिंग देखेवालन में गजब क उत्साह रहल. वार्विक खातिर निर्माता श्रेय श्रीवास्तव खास तौर पर ‘चिंगारी’ के स्क्रिप्ट तइयार करवले रहलन. शूटिंग का दौरान वार्विक डेविस डांसो कइलन आ एहला रिहर्सलो. शूटिंग में वार्विक डेविस अपना सीन पर जी जान लगा दिहलन. आजु जब हिन्दी भा भोजपुरी सिनेमा के बड़का स्टार बेर-बेर वैनिटी वैन में भागेलें वार्विक डेविस अपना काम पर बेसी ध्यान दिहलें आ सेटे पर मौजूद रहलें.

चिंगारी के कैमरामैन मनोज कुमार, कथा पटकथा लेखक खुद श्रेय श्रीवास्तव, संवाद लेखक वीरेन्द्र पाठक, आ संगीतकार वैष्णव देवा हउवें. एकर संगीत नरजिस म्यूजिक जारी करत बिया. कलाकारन में रानी चटर्जी, सुशील सिंह, श्वेता हलदर, प्रकाश अवस्थी, दीपा सिंह आ खुद श्रेय श्रीवास्तव के खास भूमिका बा, साथ में बाड़ें प्रकाश जैस, सिकंदर खान, राजीव वशिष्ठ, कौशल, गौरी शंकर अउर डांसिंग क्वीन सीमा सिंह.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।