शुभम तिवारी कहाए लगलें भोजपुरिया नागार्जुन

सिनेमा भोजपुरी के सितारा शुभम तिवारी के भोजपुरिया नागार्जुन के नाम दे दिहल गइल बा. दर्शक उनुका लुक का चलते उनुका के नागार्जुन कहे लागल बाड़ें. दरअसल शुभम तिवारी अपना आवे वाली फिलिम ‘अंतिम तांडव’ में मुँछ संगे नजर अइहें आ उनुकर रूप देखे में नागार्जुन जस लागता से दर्शक नामे धर दिहले बाड़ें नागार्जुन.

दर्शकन के एह प्रतिक्रिया से शुभम बहुते खुश बाड़ें, शुभम हमेशा एक्शन भरल किरदार करल चाहेलें आ ‘अंतिम ताडंव में शुभम के मन माफिक नागार्जुन स्टाइल किरदार करे के मिल गइल बा.

शुभम के एगो फिलिम ‘कलुआ भईल सयान’ एह घरी बिहार के सिनेमा घरन में धमाल मचवले बावे.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..