महुआ टीवी के कार्यक्रमन के समय बदलल

भोजपुरिया परिवारन के चहेता चैनल महुआ टीवी के हर कार्यक्रम दर्शकन के दिलोदिमाग छाप लिहले बा. एने सोमार से एकरा कुछ धारावाहिकन के समय में बदलाव कइल गइल बा. साँझ साढ़े सात बजे से देखावल जा रहल प्रकाश झा के धारावाहिक बाहुबली अब सोमार से ले के बियफे ले साँझ सात बजे से देखावल जा रहल बा. विनय आनन्द के एंकरिंग से सजल गृहलक्ष्मी अब साढ़े सात बजे साँझ से सोमार से बियफे चार दिन देखावल जा रहल बा. गजेन्द्र चौहान आ उपासना सिंह के सशक्त अदायगी से सजल धारावाहिक सेन्हुर अब रात आठ बजे से देखावल जा रहल बा. इहो सोमार से बियफे ले.

एगो कली के कहानी आँचल अब रात साढ़े आठ बजे से प्रसारित होखी. एगो रोमांचक मोड़ ले चुकल धारावाहिक बड़की मलिकाईनके समय अब सोमार से बियफे ले रात नौ बजे से, छात्र राजनीति पर आधारित धारावाहिक इम्तिहान रात साढ़े नौ बजे से प्रसारित कइल जा रहल बा.

शुक आ शनिचर के प्रसारित होखे वाला हँसी आ मस्ती से भरल धारावाहिक लाफ्टर एक्सप्रेस साँझ सात बजे से आ अतवार के प्रसारित होखे वाला संडे भोजपुरी ब्लाक बस्टर मूवी साँझ सात बजे से प्रसारित होखल करी. समय में फेर बदल रउरे लोगन के सुविधा ध्यान में राखत कइल गइल बा. बाकी कार्यक्रम के समय पुरनके बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *