नागिन पाखी धूम मचवले बाड़ी

भोजपुरी सिनेमा के न॰१ अदाकारा पाखी हेगडे के आजु काल्हु धूम मचल बा. होली का अवसर पर रिलीज उनकर फिल्म “मैं नागिन तू नगीना” के बिहार में शानदार सफलता मिलल बा. नारी प्रधान एह फिल्म के नायिका पाखी हेगडे के सभे तारीफ कर रहल बा. निर्माता दिलीप जायसवाल आ निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के जोड़ी के एह फिल्म में पाखी हेगडे, मनोज पाण्डेय, प्रदीप पाण्डेय चिंटू, सपना सिंह मुख्य कलाकारन में शामिल बाड़े. बिहार में हर थियेटर में एह फिल्म खातिर लमहर लमहर लाइन देखे के मिल रहल बा.
दोसरा तरफ उनुकर पहिलका हिन्दी फिल्म “वुमेन फ्राम द ईस्ट” के रेड कार्पेट प्रीमियर लंदन के मशहूर एशियन फिल्म फेस्टिवल में भइल जवना में पाखी के काम के खूब प्रशंसा हो रहल बा. एह फिल्म में पाखी एगो बिहारी लड़की के किरदार कइले बाड़ी जवना के ओकरा परिवार के लोग एगो ट्रक ड्राइवर का हाथे बेच देता. पाखी के एह फिल्म के अभिनय बहुते लाजवाब बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment