‘सुरों का महासंग्राम’’ में भइल होली के हंगामा

शुक का साँझ रात आठ बजे से भोजपुरिया दर्शक होली का मूड में भोजपुरी के अकेला मनोरंजक चैनल महुआ टीवी पर प्रसारित होखत गवनई के रियलिटी शो ‘‘सुरों का महासंग्राम’’ देखे बइठलन त उनुकर उमंग अउरी बढ़ गइल काहे कि महासंग्राम का मंच से जोगीरा के अइसन बहार बहवले मनोज तिवारी कि मजा आ गइल. होली के माहौल में लगवा ल हो बारह बरीस मन ताजा रही जइसन दुअर्थी गीतो बह चलल

एह एपिसोड में दक्खिन के हिट ट्यून नाक मुका पर होली गा के मनोज तिवारी सभकर स्वागत कइलन. एक जमाना में डकैत रहल आ बिगबॉस फेम सीमा परिहार एह शो के सेलिब्रिटी जज रहली. हर कलाकार एह एपिसोड में अपना अन्दाज में होरी गवले जवना से सभके आनन्द मिलल.

सुरों का महासंग्राम हर शुक आ शनिचर के रात आठ बजे से कइल जाला.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।