‘कालिया’ खातिर बिहार में राह दिहलें दिग्गज

अब हैदर काजमी के फिलिम रिलीज होखे वाली होखे त दोसर भोजपुरी दिग्गज आपन फिलिम एह मौका पर रिलीज करे से पहिले दस बेर सोचबे करीहें. इहे होखत बा हैदर काजमी के नइकी फिलिम ‘कालिया’ संगे.

जबसे हैदर काजमी एलान कइलें कि ऊ ‘कालिया’ के प्रदर्शन सात सितम्बर से करे जात बाड़ें त बड़को दिग्गज मैदान खाली कर दिहलें. लोग जानेला कि हैदर काजमी अपना फिलिम के प्रचार ला बिहार में एक महीन पहिलहीं डेरा डाल देलें आ जमके प्रचार करेलें. अबकिओ सगरी बिहार मे ‘कालिया’ के होर्डिंग लगावे के तइयारी पूरा हो गइल बा. रेलवे स्टेशनन आ लोकल चैनलन पर ‘कालिया’ के प्रोमो खूब चलावल जात बा. हैदर काजमी के ‘कालिया’ के साउथ स्टाईल कटआउट लगावल जात बा. साथही ऊ प्रचार के एगो बड़ आ बेहतरीन फार्मेटो बनवले बाड़ें. एह फिलिम के गाना पहिलहीं से हंगामा मचवले बाड़ी सँ.

संगीत नरजिस म्यूजिक पर जारी भइल बा. शूटिंग जहानाबाद में भइल. आ निर्देशित कइलन शिवराम यादव. संवाद मनोज पांडे के लिखल बा. कहानी शिवराम यादव के लिखल. निर्माण एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. कइलसि जे एहसे पहिले रंगबाज जइसन हिट फिलिम बनवले रहुवे.

मुख्य जोड़ी हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह के बा. मुख्य खलनायक अनिल यादव आ बालेश्वर सिंह बाड़ें. बाकी कलाकारन में सी.पी. भट्ट, राकेश यादव, सुमित बनर्जी, पूजा यादव, कृष्ण मुरारी, शैलेश सिंह राणा, सुषमा सिन्हा, निलोफर, राम मिश्रा, अलीशा, आ विपिन सिंह के नाम बा.

गीतकार अरविंद तिवारी आ संगीतकार एग्नेश हउवें. कैमरामैन मनीष के. जैन, साउण्ड रिकार्डिंग सलीम खान, कला निर्देशक आशीष कोलटे, आ को-प्रोड्यूसर हउवें मुशर्रफ अहमद आ एसोसिएट प्रोड्यूसर ए.एच. काजमी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।