मृतक आश्रित के नाम पर नोकरी पावे वाला के खेलाफ जांच के भइल आदेश

नगरा, बलिया। नवानगर ब्लाक के प्राइमरी स्कूल बरमनिया में मृतक आश्रित के रूप में नोकरी पावे वाला एगो सहायक अयापक के मामिला तूल पकड़त हउए। बतावल जाता कि उ सहायक अध्यापक के गावं के लोग बीएसए बलिया किहां शिकायत भेजि के जांच करावे के मांग कइले बा लो। गांव के पिछलका परधान हरिद्वार आ अउरी लोग शिकायत भेजि के कहले बा लोग कि उ मास्टर के बाप अभियो जीअत बाड़न आ जेवना मेहरारू मास्टरनी के नांव पर उ नोकरी पवले बाड़न ओहि नाम के कवनो मेहरारू उनकरा परिवार में कबो रहले नइखे। 8 दिसम्बर 1976 के मुअल देखाके 5 जनवरी 1994 के नोकरी पवले ए मास्टर के खेलाफ जांच करावे आ तनखाह के वसूलला खातिर रपट पुलिस में दरज करावे के मांग कइले बाड़न लोग।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..