आवत बिया करेंट मारे गोरिया

अपना बनला का दौराने से चर्चा में रहल भोजपुरी फिल्म “करेंट मारे गोरिया” अब रिलीज होखे खातिर तईयार हो चुकल बा आ एही अप्रेल में एकरा के रिलीज कइल जाई. एह फिल्म के खासियत बा कि एकर लगभग पूरा शूटिंग जम्मू कश्मीर में भइल बा. मारुती क्रियेशन के बैनर में निर्माता रमन पंचौरी आ आभा सिंह अउर निर्देशक टी .बौबी सिंह के फिल्म “करेंट मारे गोरिया” में बिरहा सम्राट विजय लाल यादव, भोजपुरी के चर्चित गायिका वर्षा तिवारी, एक्शन स्टार अजय दीक्षित का साथे महक मल्होत्रा, बौबी सिंह, काश्मीरी बाला ऋतू मेहरा वगैरह शामिल बाड़े. अजय दीक्षित एगो पुलिस इन्सपेक्टर का दमदार किरदार में बाड़न आ एह फिल्म से वर्षा तिवारी, बाबी सिंह आ ऋतु मेहता भोजपुरी सिनेमा का परदा पर प्रवेश ले रहल बाड़े.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *