भटकतारी विधवा पेंशन खातिह सधवा

बलिया। केन्द्र सरकार बुढ़वन आ बुढि़या के साथे विधवन के 1995 में पेंशन योजना लागू कइलस। इ काम बहुते नीक रहल बाकी हर ठहिं घूसखोरी आ भ्रष्टाचार के चलते विधवा लोग आ बूढ़ लोग भटकता आ जवान आ सधवा लोग पेंशन के मजा उठावता।  2002 में इ नियम बनल कि जे बीपीएल में रही उहे ए योजना के लाभ पाइ त कर्मचारी अधिकारी मिलि के अपात्रन के लाभ देबे खातिर घूस ले के जवनकन के आ सधवो मेहरारू के विधवा बना के पेंशन के पइसा खा रहल बाड़न स। एकर जांच बहुते जरूरी बा। ए जिला में त एहि नाहेन बहुते केसि मिलि जइहेंसे। काहें कि बहुते अइसन बूढ़ आ विधवा बाड़ी स जेकरा पासे घूस देबहूं भर के पइसा नइखे त ओके कइसे पेंशन मिली आ असली हकदार उहे  सब बाड़न स । सरकार के ध्यान एहि ओर देबे के चाहीं। आ बढि़या से जांच करा के चोरन के पकडि़ के सजा देबे के चाहीं।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *