संजय पान्डेय के सिल्वर जुबिली

भोजपुरी सिनेमा के नं॰१ खलनायक संजय पाण्डेय बतौर खलनायक सिल्वर जुबिली पूरा कर लिहलें. खलनायक का रुप में उनुकर पचीसवाँ फिलिम रहल “राजा के रानी से प्यार हो गइल” आ एकर जश्न ऊ प्रतापगढ़ में शूटिंग का सेट पर मनवलन जवना में प्रतापगढ़ के अनेके दिग्गज हस्ती शामिल भइले आ संजय पाण्डेय के गुलदस्ता भेंट कइले. साल २००२ में “कहिया डोली ले के अइब” फिल्म से अपना खलनायकी के शुरुआत कइले रहले आ संजोग से ओहू फिल्म के शूटिंग प्रतापेगढ़ में भइल रहे. निर्देशक रहले राजकुमार आर पाण्डेय. “राजा के रानी से प्यार हो गइल” के निर्देशक बाड़न शैलेश पाण्डेय आ स्वप्न दीप. एह बीच संजय पाण्डेय के खलनायकी से सजल दिवाना, सात सहेलिया, देवरा बड़ा सतावेला, मृत्युंजय, दरार, दिलजले, नाग नगीना वगैरह हिट पर हिट फिल्म अइली सँ. एह घरी संजय पांडे के पाँच गो फिलिमन के शूटिंग यूपी में चलत बा आ बतावल जात बा कि जल्दिये बिहारो में उनुकर पाँच गो फिलिमन के शूटिंग शुरु होखे वाला बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *