मगध विश्वविद्यालय छात्र संघ पर विद्यार्थी परिषद के कब्जा

अड़तीस साल बाद करावल चुनाव में मगध विश्वविद्यालय छात्र संघ के पाँचो प्रमुख पद पर अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के उम्मीदवार जीत गइले. जदयू के छात्र संगठन के एको सीट ना मिलल. अध्यक्ष पद पर पीजी सेंटर के रामनन्दन कुमार, उपाध्यक्ष पद पर वाणिज्य महाविद्यालय के अमित कुमार, महासचिव पद पर एसएनएस कॉलेज के कुमार जितेन्द्र, संयुक्त सचिव पद पर गया कॉलेज के राहुल कुमार, आ कोषाध्यक्ष पर नवादा केएलएस कॉलेज के अमित कुमार जीत दर्ज कइले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।