सीमा सिंह के रंगबाजी

भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग गर्ल सीमा सिंह फिल्म “रंगबाज” खातिर जवन आयटम नम्बर कइले बाड़ी ओकर डांस स्टेप अतना कमाल के बा कि सभे कहत बा कि एह नम्बर के ढेर दिन ले याद राखल जाई. सीमा सिंह एह फिल्म में दू गो आयटम कइले बाड़ी जवना में एगो के बोल ह, “हमार जवानी माँगे लें”. एह गाना के सफलता के आलम ई बा कि लोग एकरा के दनादन अपना मोबाइल पर डाउनलोड कइले जात बा. निर्मात निर्देशक शिवराम यादव के कहना बा कि सीमा एह गाना में बिजुरी गिरा दिहले बाड़ी. लोग उनुका के बतावत बा कि एह जवानी का आगा शीलो के जवानी पानी भरी.

एसीसी डिजिटल प्रा॰लि॰ कंपनी के बनावल एह फिल्म में हैदर काजमी आ रानी चटर्जी मुख्य कलाकार बाड़े आ साथ में नीलिमा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, आ अनिलो यादव के खास भूमिका बा. हैदर काजमी जइसन एगो नया दमदार एक्टर भोजपुरी सिनेमा में आइल बा आ निर्देशक शिवराम यादव के काम के तारीफो खूब होत बा.


(स्रोत – शिवराम यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *