प्यार हो जाला में एगो गाना जोड़ल गइल

पिछला दिने राजदीप सैनी के प्रस्तुति आ हीरा फिल्म एंटरटेनमेंट के बनावल भोजपुरी फिल्म “प्यार हो जाला” खातिर एगो अउरी गाना के शूटिंग मुंबई के मड आइलैंड के नंदनवन बंगला में नायक सर्वेश सैनी आ नायिका कोमल ढिल्लो पर फिल्मावल गइल आ एकरा साथही पूरा हो गइल फिल्म के शूटिंग. एक्शन आ प्रेम पर रचल बसल एह फिल्म में दू गो राजपूत परिवारन के कहानी बा जवना में कई पीढ़ी से दुश्मनी चलत आवत बा. एही परिवारन के नायक आ नायिका में प्रम होखला का बाद जवन कुछ होत बा तवना के बतावे के जरुरत नइखे, लोग खुदही अंदाज लगा ली.

फिल्म के निर्माता सर्वेश सैनी, निर्देशक हीरा सरोज, सह निर्माता अखिलेश सैनी, लेखक संगीतकार अशोक कुमार दीप, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी आ रामदेवन, एक्शन मास्टर शकील शेख, आ संपादक अशोक श्रीवास्तव हउवें. कलाकारन में सर्वेश सैनी, कोम ल ढिल्लो, अवधेश मिश्रा, एजाज खान, रितु पाण्डेय, जफर खान, हीरा यादव, किरण तिवारी, रीना सिंह, सीपी भट्ट आ किशोर भानुशाली के नाम बा, सीमा सिंह के एगो जबरदस्त आयटमो बा एह फिल्म में.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..