दिलदार पवन सिंह

पवन सिंह के दिलेरी से त सबही वाकिफ बा, लेकिन उनकर दिल कतना बड़ बा एहके कमे लोग जानेला. फिल्म “वीर-बलवान” के शूटिंग में पवन सिंह आपन दिलदारी देखाके सभकर दिल जीत लिहलें. भइल कि क्लाईमैक्स के शूटिंग में पवन सिंह फाइटरन के कौशल से अतना खुश भइलन कि ओह लोग के दस हज़ार के नकद इनाम दे घललें.

कवनो एक्शन सीन के असरदार बनावे में फाइटरन के अहम् योगदान होला. एकरा बावजूद ओह लोग के ऊ तवज्जो ना मिले जवना के ऊ लोग वाजिब हकदार होला. बाकिर बात जब पवन सिंह के होखे त केहु का साथ नाइंसाफी होइए ना सके. इहे कारण ह कि पवन सिंह अपना दर्शकन का साथे-साथ अपना यूनिटो में लोकप्रिय हउवें. यूनिट के लोग मानेला कि अपना निजीओ ज़िनिगी में पवन सिंह असली हीरो हउवें.

असल हीरो उहे ह जे हर प्रतिभावान शख्स के हौसला आफजाई करे आ ओकरा के भरपूर मौका देव आगे बढ़े के.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।