मुलायम के समर्थन खिंचला का अनेसा का बावजूद मनमोहन सिंह के आस जिंदा बा

ब्रिक देशन के शिखर सम्मेलन से लवटत घरी हवाई जहाजे में भइल पत्रकार सम्मेलन में प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं एह बात के अनेसा से सहमत लउकलें कि सपा समर्थन वापिस ले सकेले. बाकिर कहलन कि सरकार पर कवनो संकट ना आई आ सरकार पूरा दिन ले चली, समय से पहिले चुनाव ना होखी. अपना बारे में तिसरका बेर प्रधानमंत्री बने के संभावना पूछला पर कहलन कि समय अइला पर देखल जाई.

एने उत्तरप्रदेश आ बिहार के राजनीति में एह संभावना का खेल से राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा. मुलायम सिहं होली का दिने कहलन कि कांग्रेस धोखेबाज हिय आ कहलन कि सरकार के भितरी सूत्र बतवले बाड़न कि नवंबर में चुनाव हो सकेला. मुलायम सिंह अपना समर्थकन के चुनाव ला तइयार रहे के गोहारो लगवलन.

दोसरा तरफ बिहार में चरचा जोड़ पकड़ लिहले बिया कि नीतीश कुमार कांग्रेस के हाथ थाम सकेलें. एकर बहाना रही केन्द्र सरकार से मिलल बिहार ला पिछड़ा राज्य के तगमा. हालांकि बिहार के पिछड़ा राज्य के तगमा मिले का बात से बहुते लोग नाराज लउकत बा. जदयू सचिव केसी त्यागी के कहना बा कि बिहार के पिछड़ा राज्य के दरजा मिलल ओकर हक बा आ एकरा बदले में यूपीए के समर्थन देबे के कवनो सौदेबाजी नइखे भइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।