मनोज तिवारी के टीम ‘भोजपुरी दबंग’

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के अगुवाई वाली क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ के सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग (सीसीएल) में शामिल कर लिहल गइल बा. साल 2010 में चार गो टीम लेके बनल सीसीएल रोजे नया ऊंचाई छुवत बा. साल 2011 में सीसीएल में केरला स्ट्राइकर आ बंगाल टाइगर्स के शामिल कइल गइल रहे. अब जनवरी 2013 में शुरु होखे जात सीसीएल में मनोज तिवारी के टीम ‘भोजपुरी दबंग’ आ रितेश देशमुख के टीम ‘वीर मराठी’ के जगहा मिलल बा.

अपना टीम के सीसीएल में शामिल कइला पर खुशी जतावत मनोज तिवारी बतवलें कि टीम पिछला 6 महीना से 24 गो कलाकारन का साथे बिना थकले कोशिश में लागल बिया. एही में से 11 गो कलाकारन के सीसीएल ला चुनल जाई. मनोज तिवारी उमेद जतवलन कि ‘भोजपुरी दबंग’ टीम सीसीएल में बेहतर प्रदर्शन करी आ बाजी मारी.

‘भोजपुरी दबंग’ टीम में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन, पवन सिंह, खेशारीलाल यादव शामिल बाड़ें. उपकप्तान बाड़ें दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ कप्तानी मेगा स्टार मनोज तिवारी खुदे सम्हरीहें.

सीसीएल में एह नईकी टीमन के शामिल करे के घोषणा का मौका पर आयोजित एगो भव्य कार्यक्रम में ‘भोजपुरी दबंग’ के कप्तान मनोज तिवारी, ‘वीर मराठी’ के कप्तान रितेश देशमुख के अलावा सलमान खान के टीम मुम्बई हीरोज के कप्तान सुनील शेट्टी, चेन्नई टीम के कप्तान आ सुपर स्टार विशाल, केरल टीम के कप्तान आ सुपर स्टार मोहनलाल अउर कन्नड़ टीम के कप्तान आ सुपर स्टार सुदीप मौजूद रहलें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।