कमे उमिर में दुनिया से विदा हो गइलें लोकगायक राकेश पाठक 'मधुर'

पूर्वांचल गौरव, भोजपुरी लोकगीत आ देवीगीत गायन के स्तम्भ आ जौनपुर के पावन माटी के लाल गायक अभिनेता राकेश पाठक के पिछला मंगल २३ अक्टूबर के निधन हो गइल. चालीस साल के राकेश पाठक पीलिया आ मलेरिया से पीड़ित रहलें आ बनारस के एगो प्राइवेट अस्पताल में इलाज चलत रहुवे.

राकेश पाठक के निधन से समूचा भोजपुरिया समाज मर्माहत बा.

दिवंगत राकेश पाठक के गवनई के धूम मारीशस आ सूरीनाम ले पसरल रहुवे. राकेश के अनेके विडियो अलबम निकल चुकल रहे आ ऊ टी॰ सीरीज, चंदा वगैरह म्यूजिक कम्पनिअनो ला गवले रहलम. उनकर अलबम *चुनरिया ओढ़ के* उत्तर प्रदेश आ बिहार में अबही हालही में धूम मचवले बा. उनके हीत मीत विनय वर्मा, चन्दन सेठ, रामचन्द्र यादव समेत बहुते लोग आपन दुख जतवले बा.

भगवान राकेश पाठ के आत्मा के शांति देसु आ परिवार के ई दुख सहे के ताकत.


(अपना न्यूज़)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।