बिहार विधानसभा निजी विश्वविद्यालय विधेयक पास कइलसि

आजु मंगल का दिने बिहार विधानसभा में बिहार निजी विश्वविद्यालय विधेयक, आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय संशोधन विधेयक, बिहार राज्य विश्वविद्यालय संशोधन विधेयक आ पटना विश्वविद्यालय संशोधन विधेयक के पारित कर दिहलसि. एह विधेयकन पर विपक्ष का ओर से मिलल संशोधन खारिज कर दिहल गइल. सरकार के शिक्षा मंत्री पी के शाही कहलन कि राज्य में निजी विश्वविद्यालय खुलला से एहिजा से विद्यार्थियन के बाहर गइल रुक जाई. जबकि विपक्ष एह विधेयकन के काला विधेयक बतावत कहलसि कि एहसे विश्वविद्यालयन के स्वायत्तता खतम हो जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।