मनोज तिवारी, रिंकू घोष के फिलिम ‘अंधा कानून’ डंका पीटलसि
-

भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी आ हॉट गर्ल रिंकू घोष क जलवा एह घरी मुंबई में खूबे चलत बा. एह जोड़ी के फिलिम ‘अंधा कानून’ मुंबई में सफलता के डंका बजावत बिया. एहमें मनोज तिवारी के जबरदस्त एक्शन, आ धांसू संवाद का चलते हर भोजपुरी दर्शक एकरा के देखल चाहत बा. खुद मनोजो तिवारी एकरा ले के बहुते उछाहह में बाड़े. उनकर कहना बा कि ‘अंधा कानून’ कानून का बारे में लोग के राय बदल दी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..