ब्राह्मण वोट खातिर सगरी गोल फिकिरमंद बाड़ें

यूपी में ब्राह्मण वोट के अपना पाला में बिटोरे खातिर सगरी राजनीतिक गोल फिकिरमंद हो गइल बाड़ें. बसपा पहिलही से खुलेआम ब्राह्मण जाति के गोलबंद करे में लागल बिया आ अब एह काम में समाजवादिओ पार्टी शामिल हो गइल बिया. काल्हु परशुराम जयंती का मौका पर लखनऊ में बोलावल ब्राह्मण सम्मेलन में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव एलान कइलन कि बसपा राज में ब्राह्मण आ सवर्ण लोग पर लगावल फर्जी मुकदमा वापिस ले लिहल जाई. हालही में अल्पसंख्यक आतंकवादियन से मुकदमा हटावे के सपा सरकार के कोशिश फेल हो चुकल बा बाकिर सपा आपन चाल चले में ठिठकत नइखे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।