रिंकू घोष एहू साल दीहें भोजपुरिया परदा पर बेहतरीन फिलिम

rinku32सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के दबदबा एहू साल बनल रही. एह साल रिंकू घोष के एक से बढ़के एक फिलिम त आवही वाला बड़ी सँ. एह साल ऊ तीनों सुपर स्टारन, मनोज तिवारी, रवि किशन आ दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, संगे ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में नजर आवे वाला बाड़ी. एह फिलिम में पहिला बेर तीनो सुपर स्टार एक साथे नजर आवे वाला बाड़े.

एह साल रिंकू घोष के आवे वाली फिलिमन में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ संग “रखवाला”, रवि किशन संगे ‘साली बड़ी सतावेली’ आ एगो महिला प्रधान एक्शन फिलिम ‘इंसाफ के डंका’ शामिल बा. ‘कोठा’ फिलिमो एही साल रिलीज होखे वाली बा. हिंदी फिलिम ‘जय मां मैहरवाली’ओ में रिंकू घोष नायिका बाड़ी. साथही अंजन टीवी पर आवत ‘धनिया के थाना’ टीवी शोओ में रिंकू व्यस्त बाड़ी.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।