महाराजगंज उपचुनाव में ४७ फीसदी वोटिंग

महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में काल्हु सैंतालिस फीसदी वोट पड़े के खबर बा. पिछला बेर साल २००९ का चुनाव में पड़ल वोट से ई तनिके ज्यादा बा. पिछला बेर ४५.६८ फीसदी वोट पड़ल रहे. एहसे पता चलत बा कि राजनीतिक गोलन के तमाम कोशिश का बावजूद वोटरन में उछाह ना आ पावल.

काल्हु २६ जगहा ईवीएम में खराबी अइला के खबर बा. सगरी मशीनन के बदल के चुनाव चालू राखल गइल. छिटपुट रगड़ा झगड़ा का आरोप में तेरह जने हिरासत में लिहल गइलें.

एकमा का जमनपुरा में विधायक धूमल सिंह का गाड़ी पर पथराव के खबर बा बाकिर प्रशासन एह खबर के पक्का नइखे करत.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।