साहिल खान के ’भोजपुरिया शोले’ बन के तइयार भइल

sahil-khanविजय खरे फिल्म्स के बैनर में बनल ’भोजपुरिया शोले’ अब तइयार बा. एक्शन आ कॉमेडी से भरपूर एह मसाला फिलिम के निर्माण पुरान खलनायक विजय खरे के पुत्र आशुतोष खरे कइले बाड़न. फिलिम के शूटिंग झारखण्ड के पलामू में भइल बा.

जल्दिए रिलीज होखे जात एह फिलिम से साहिल खान दुसरका बेर भोजपुरी परदा पर अइहें. एहसे पहिले साहिल खान के “चम्पा चमेली” रिलीज हो चुकल बा. कई गो हिन्दीओ फिलिम बन के तइयार बाड़ी सँ रिलीज ला.

भोजपुरिया शोले के निर्माता आशुतोष खरे, निर्देशक असफाक शेख, गीतकार शुभम सिंह, संगीतकार एस. पी. सेन, लेखक सुमीत सिंह, नृत्यगुरू ज्ञान सिंह, एडिटर एस. पी. सिंह, छायांकन करेवाला मनोज सिंह हउवें.

मुख्य कलाकारन में आशुतोष खरे, साहिल खान, रूखसार खान, रोज लस्कर, अर्पीता माली, पर्ल रानी खान, आ शीतल चौरसिया बाड़ी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।