केन्स फिल्म फेस्टिवल में भोजपुरी फिल्म

पहिला बेर केन्स फिल्म फेस्टिवल में कवनो फुल लेन्थ फीचर फिल्म शामिल हो रहल बा. एकरा पहिले डाकुमेंटरी फिल्म शामिल हो चुकल बाड़ी सँ. ई मौका अमेरिकन फिल्म प्रोडक्शन कम्पनी पन फिल्म्स के पहिला भोजपुरी फिल्म जला देब दुनिया तोहरा प्यार में के मिलल बा जवना के केन्स फिल्म फेस्टिवल २०१० का इण्डिया पेविलियन में शामिल कइल गइल बा.

दस साल पहिले भोजपुरी सिनेमा के नवजीवन देबे वाला सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन एक बेर फेर इतिहास बना रहल बाड़े जिनकर अभिनीत फिल्म के केन्स में देखावल जाई. जब पन फिल्म्स हिन्दुस्तान में आइल त रवि किशन से ओकरा प्रतिनिधियन के भेंट भइल आ ऊ लोग एगो भोजपुरी फिल्म बनावे के फैसला लिहल. बकौल रविकिशन ऊ कंपनी के हर संभव सहयोग दिहलन. ओह लोग के हिन्दुस्तान के कार्यशैली आ खास कर के भोजपुरी सिनेमा उद्योग से सहज भाव में परिचित करावल जरुरी रहे.

पन फिल्म्स के सुधीर कदम के कहनाम बा कि रीजनल सिनेमा में दक्खिन के छोड़ दीं त भोजपुरिए सिनेमा के संभावना बेहतर बा आ एकर पूरा देश में बाजार बा. बाकिर सबसे बढ़ के रहुवे रविकिशन के निर्बाध सहयोग के भरोसा, जवन हर क्षेत्र मे मिलबो कइल.

पन फिलम्स भोजपुरी सिनेमा के एगो बेहतर मापदण्ड दिहलें जब ऊ लोग फिल्म्स टेलीविजन इंस्टीट्यूट आफ इण्डिया से दू गो बेहतर छात्र चुनलें, निर्देशक का रुप में धीरज कुमार के आ डायरेक्टर आफ प्रोडक्शन का रुप में डी एन शुक्ला के. फिल्म के पूरा तकनीकि टीम योग्य पेशेवर से बनल रहे, पन फिल्म्स के प्रोड्यूसर पवन शर्मा कहलें कि एकर परिणाम आजु सबका सोझा बा. एहसे सिर्फ भोजपुरिए सिनेमा के सम्मान नइखे बढ़ल बलुक पूरा हिन्दुस्तान के सम्मान बढ़ल बा जवना के अंतर्राष्ट्रीय नक्शा पर पेश होखे के मौका मिलल बा.

जला देब दुनिया तोहरा प्यार में फिल्म में पहिला बेर अंतर्राष्ट्रीय सिनेमेटोग्राफी तकनीक आ कम्प्यूटर जनित दृश्य प्रभावन के इस्तेमाल कइल गइल बा.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।