सीतामढ़ी में ठुमका लगइहें सीमा सिंह

seema-singhपिछला चार साल से सिनेमा भोजपुरी में लगातार ‘सर्वश्रेष्ठ आयटम डांसर’ के अवार्ड जीते वाली डांसिंग क्वीन सीमा सिंह बिहार के सीतामढ़ी में अपना अगिला भोजपुरी फिलिम ‘रेजा’ ला आपन आयटम डांस के शूटिंग करीहें. ‘रेजा’ के निर्माता गोपाल भाई पटेल आ निर्देशक अजय के. झा हउवें आ एहमें मनोज दाव आ अंजना सिंह मुख्य कलाकार बाड़ें, साथ में निरुपमा श्री आ दीपक भाटिया वगैरह कलाकारो बाड़ें. एकर शूटिंग 25 मार्च से सीतामढ़ी में सीमा सिंह करीहें.

हालही में सीमा सिंह एगो बंगला फिलिम ‘प्रार्थना’ खातिर आयटम नंबर कइली. एह फिलिम में सीमा सिंह खलनायिका के चुनौती भरल किरदारो करत बाड़ी. के.जी.एन. पिक्चर्स के एह बंगला फिलिम ‘प्रार्थना’ में देबोजीत, तनुश्री चटर्जी, आ राजदीप चटर्जी बाड़ें, जीत चटर्जी निर्देशक हउवें आ लेखक कमल गोस्वामी.

एकरे अलावे सीमा सिंह अनेके मराठी फिलिमनो में आपन ठुमका लगा चुकल बाड़ी.


(शशिकांत सिहं)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।