विनय बिहारी ले अइले पवन आ अंजना के फेरु एक साथ

pawan-anjana-binayभोजपुरिया गायिकी के सिरमौर पवन सिंह आ सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह लगभग एक साल बाद फेरू एक संगे नजर अइहें. ई जोड़ी पहिला बेर साल २०११ में “ट्रक ड्राइवर” में नजर आइल रहे. एकरा बाद “लावारिस” फिलिमो में ई जोड़ी आइल रहुवे. बाकिर ओकरा बाद ई लोग एक साथ ना आइल. “आंधी तूफ़ान” फिलिम में दुनु जने रहलें बाकिर अंजना के नायक रहलें विराज भट्ट.

अब अतना दिन बाद ई जोड़ी फेरू एक साथे मशहूर भोजपुरी गीतकार विनय बिहारी के फिलिम “प्यार मोहब्बत जिंदाबाद” में नजर आई. एह फिलिम के एगो खास गाना के शूटिंग हालही में मुंबई के मड आईलेंड के नदंनवन में कइल गइल. विनय बिहारी बतवलें कि उनुका एह फिलिम में फूहड़पन तनिको ना मिली. एह फिलिम में पहिला बेर बिहार के १५ गो नेतो अभिनय कइले बाड़ें जवना में खास नाम अनंत सिंह के बा.

फिलिम के अधिकतर गाना कुल्लू मनाली, आगरा आ दिल्ली के लोकेशनन पर भइल बा. एह फिलिम से पहिला बेर विनय बिहारी निर्देशन के बागडोरो सम्हरले बाड़न. एकरा के प्रस्तुत करत बिया आदिशक्ति इनटरटेनमेंट.

फिलिम के मुख्य कलाकार पवन सिंह, पाखी हेगड़े, अविनाश शाही, शाहीद शम्स, सुशिल सिंह, अनंत सिंह, विनय बिहारी, अंजन सिंह, सीमा सिंह, आनंद मोहन, राजन यादव बाड़ें.


(उदय भगत आ संजय भूषण पटियाला के रपट से)

1 Comment

  1. Binit verma

    i want a chance in bhojpuri film i’m child artist in patna

    rgds
    Binit verma
    child artist
    patna

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।