भोजपुरी परदा पर एंट्री मारत बाड़े पिंगाक्ष अजय

pingaksh-ajayकुशांक फिल्मस के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘‘विराज तड़ीपार’’ से भोजपुरी परदा पर एगो अउरी अभिनेता परदार पर आपन एंट्री मारत बाड़न. निर्माता नमिता आ निर्देशक अजय सूद के एह फिलिम से नवोदित पिंगाक्ष अजय एंट्री लेत बाड़न. एहसे पहिले पिंगाक्ष अजय हिन्दी फिल्म ‘‘माय टारगेट आई. ए. एस.’’ से हिन्दी पर्दे पर आ चुकल बाड़न. विराज तड़ीपार में अजय आ विराज दू गो नायक बाड़े. अजय के शानदार एक्शन दर्शक देखीहें एह फिलिम में. फिलिम में अजय के नायिका बाड़ी दिव्या द्विवेदी आ साथ में काजल राघानी, प्रिया शर्मा, राकेश पुजारा, संजय वर्मा आ संजय पाण्डेय वगैरहो बाड़ें.

सह-निर्देशक धनंजय तिवारी, संवाद लेखक माधव निराला, अउर संगीतकार छोटे बाबा हउवन.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।