सेटिंगबाज के संगीतमय मुहूर्त
-

Settingbaaj-muhurtनवनिर्माण फिल्म इंटरटेन्मेंट आ श्रीमहागणपति प्रोडक्शन मिल के बनावे जात बाड़ें फिलिम “सेटिंगबाज”. एह फिलिम के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने खुशबू जैन के गावल गीत के रिकार्डिंग कर के मुंबई के एम फॉर यू स्टूडियों में कइल गइल. गीतकार आ संगीतकार हउवें संतोष पुरी.

“सेटिंगबाज” के निर्माता महेन्द्र अहीरे, निर्देशक सुनील सिन्हा, आ लेखक मुकुल शर्मा अउर धनंजय सिंह हउवें. स्टंटमैन कुमार महाराजन आ कैमरा मैन सोनू शर्मा.

संगीत मुहुर्त का मौका पर खुशबूजैन के अलावा रजनी गांगुली, शमी शेख, गीता वीर, संतोष वीर अउर मुकुलो शर्मा पार्श्व गायन कइलें. फिलिम के मुख्य कलाकार हउवें नवोदित राहुल सिंह, अपूर्वा, अनूप अरोड़ा, फूल सिंह, नैना, रिंकल, सपना सप्रू, नीरज समर्थ, उमेश बाजपेयी आ पूजा सिंह.


(संजय भूषण पटियाला)

1 Comment

  1. sanjay bhushan patiyala

    best of luck apurav and rahul ji

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..