विनय आनंद के ‘दामाद चाही फोकट में’ 29 मार्च से मुंबई में

DCFM-posterबिहार में धूम मचवला का बाद भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद स्टारर फिलिम ‘दामाद चाही फोकट में’ के जलवा अब मुंबई में 29 मार्च से देखे के मिली. बिहार में एह फिलिम के बढ़िया सपोर्ट मिलल दर्शकन के फिलिम हिट हो गइल. एह फिलिम में विनय आनन्द भरपूर कॉमेडी आ एक्शन कइले बाड़न.

एह पारिवारिक फिलिम में विनय आनन्द के दू गो लुक बा. आ दुनु दर्शकन के पसंद आइल बा. फिलिम अकेले बिहारे से लागत से अधिका कमा लिहले बिया.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।