गिनीज बुक में जाई ‘दिलेर’ के नाम

Diler-posterबिहार के चर्चित निर्माता डा. सुनील के भोजपुरी फिलिम ‘दिलेर’ के नाम गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड में भेजल जाई सबसे कम समय में बनके रिलीज होखे वाली फिलिम का तौर पर. दूइए हफ्ता में बन गइल 2 घण्टा 45 मिनट के ई फिलिम. डा. सुनील के कहना ह कि एह फिलिम के शूटिंग रामोजी राव फिल्म सिटी, हैदराबाद में 21 जनवरी से शुरु भइल रहे आ 15 दिन में शूटिंग पूरा हो गइल रहल. 18 मार्च के एकरा सेंसर बोर्ड के सर्टिफिकेट बिना कवनो कट के मिल गइल. एह फिलिम के मुख्य किरदार में दिनेश लाल यादव निरहुआ आ अक्षरा सिंह बाड़ी.

मशहूर वितरक डा॰ सुनील एकर निर्माता आ सुब्बाराव गोसांगी एकर निर्देशक हउवें. डा. सुनील बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एसोशियन के अध्यक्षो हउवन.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..