संजय पांडे क ‘रिहाई’

sanjay-pandey-majnuसिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे अब ‘रिहाई’ में अपना अभिनय के जलवा देखइहें. एह फिलिम के नायक हउवें आदित्य ओझा जिनकर फिलिम ‘सुगना’ बहुते सफल रहल रहे. ‘रिहाई’ में संजय पांडे क भूमिका अउर उनकर लुक दर्शकन के चिहँका के राख दी. निर्देशक बाड़ें भजन के. ओझा.

संजय पांडे डाक्टर सुनील के दू गो फिलिमन में, दिलेर आ प्रेम दीवानी, बतौर खलनायक अपना अभिनय के जलवा देखवले बाड़न. संजय पांडे के कहना बा कि एहसे उनकर ऊ सपना पूरा हो गइल जवना में ऊ डा॰ सुनील का फिलिमन में काम करे के सपना देखत रहलें.

‘सपूत’ नाम के फिलिम में संजय पांडे हमेशा पान खात नजर अइहें. एह फिलिम के डबिंग खातिर मशहूर निर्माता निर्देशक महेश पांडे आ मुकेश पांडे ढेर पान मंगवा के रखले रहलें जेहसे कि डबिंग में सही आवाज, पान खात जइसन, निकले. कहल जाता कि डबिंग में संजय पांडे नाहियो त पचास गो पान चबवले होखीहें.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।