शुभी शर्मा क लगे फिलिमन के कतार

subhi-sharma-whiteसिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा शुभी शर्मा का लगे एह घरी फिलिमन के लमहर कतार लागल बा, एहमें प्रवेश लाल यादव स्टारर ‘टाईगर’, पवन सिंह स्टारर ‘वीर बलवान’ आ ‘बनारस वाली’ पोस्ट प्रोडक्शन के आखिरी चरण में बा. दू गो फिलिम के शूटिंग गुजरात के लोकेशनन पर कइल जा रहल बा. एह में निर्माता सूर्या आ निर्देशक बाली के फिलिम ‘चरणों की सौंगन्ध’ आ निर्माता अनिल सिंकर के फिलिम ‘हम हैं जोशिले’ शामिल बा. दुनु फिलिमन के नायक खेसारीलाल यादवे बाड़न. एकरे अलावे शुभी शर्मा निर्माता अभय सिन्हा के एगो अउर फिलिम करत बाड़ी जवना के नाम अबहीं नइखे रखाइल.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..