भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर जीजा साली के जलवा

SaaliBadiSataveli-posterभोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर एह घरी जीजा साली के जलवा बा. फगुआ का मौसम में जीजा साली फगुनहट अउरी दिहले बा लोग ई जीजा साली हउवें रवि किशन, रानी चटर्जी आ दिलआवेज़ खान. रवि किशन रानी जीजा फिलिम में बाड़न त दिलआवेज़ खान असलियत में.

एह जीजा साली के फिलिम “साली बड़ी सतावेली” होली क दिने बिहार में रिलीज़ भइल त रिकार्ड ओपनिंग बिटोरलसि. निर्देशक दिल आवेज़ खान के कहना बा कि फिलिम देखे ला मेहरारुवन के भीड़ उमड़त बा जवना भोजपुरी सिनेमा ला शुभ संकेत बा. एने औरत लोग सिनेमा भोजपुरी से मुह फेर लिहले रहुवे.

आशिक आरिफ मूवीज के बैनर तले निर्माता आरिफ हुसैन आ आशिक मोहम्मद के एह फिलिम में रवि किशन आ रानी चटर्जी के साथे रिंकू घोष मुख्य भूमिका में बाड़ी आ साथी बाड़न फिरदौस खान, नौशाद खान, साहिल सन्नी , निरुपमा वर्मा , पुष्पा वर्मा, प्रिया पांडे वगैरह.

इहो संजोग बा कि एही होली पर रिलीज एगो दोसर फिलिम “गंगा जमुना सरस्वती” ओ में रवि किशन आ रानी चटर्जी के जोड़ी बा. ईहो फिलिम बिहार में एतिहासिक हिट के ओर बढ़ल जात बिया..


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।