खुश बाड़ी रानी चटर्जी

RaniChatterjee-bridalभोजपुरिया परदा के चर्चित नायिका रानी चटर्जी एह घरी बहुते खुश बाड़ी. आखिर होखसु काहे ना? जब उनुकर हालिया रिलीज ‘साली बड़ी सतावेली’ आ ‘गंगा जमुना सरस्वती’ बाक्स आफिस पर सफल भइल बा त. ‘साली बड़ी सतावेली’ एह घरी पूरा बिहार में शानदार व्यवसाय करत बा. एह फिलिम में रानी साली के केन्द्रीय भूमिका में बाड़ी आ उनुकर जीजा जी बाड़ें सुपरस्टार रवि किशन. मेहरारुवनो के रानी के भूमिका खूब पसंद आवत बा. रानी एहू ला खुश बाड़ी कि एह फिलिम के निर्देशक उनुकर असली जीजा दिलआवेज खान हउवें. ‘गंगा जमुना सरस्वती’ ओ में रानी के भूमिका के खूबे सराहल जाता.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।