आग में झँउस गइले प्रवेशलाल

PraveshLal-in-flamesभोजपुरी एक्शन स्टार प्रवेशलाल यादव अपना आवे वाली फिलिम ‘टाईगर’ के खतरनाक फायर स्टंट खुदही कइलन. बतावल जात बा कि ‘टाईगर’ के एगो सीन में प्रवेशलाल के जरत आग का बीच से निकल के दुश्मनन से भिड़े के रहल. एह सीन ला एक्शन मास्टर वेकेंट फायर एक्सपर्ट स्टंट मैंन के बोलवले रहलें बाकिर सेट पर चहुँपला का बाद प्रवेश लाल खुदे एह सीन के करे के इच्छा जाहिर कइलन. सीन करत घरी प्रवेश के पीठ आग से झँउस गइल.

प्रवेशलाल के कहना बा कि ‘टाईगर’ उनुकर ड्रीम प्रोजेक्ट ह आ एकरा के बढ़िया से फिलिमावे में ऊ कवनो कोर कसर ना छोड़ल चाहत रहलन. फिलिम निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० के बैनर तले बनत बा आ निर्देशक बाड़ें सुब्बाराव गोसांगी. नायिका बाड़ी शुभी शर्मा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।