राजा जी आई लव यु के शूटिंग शुरू हो गइल

Rajaji_ILUतन्वी मल्टीमिडिया के भोजपुरी फिलिम “राजा जी आई लव यु” के शूटिंग पिछला दिने सिलवासा में शुरू हो गइल. निर्माता दीपक शाह के ई दुसरकी फिलिम ह. दीपक शाह के पहिलका फिलिम “दिलदार सावरिया” जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा. “दिलदार सावरिया” के चर्चित जोड़ी यश आ अंजना एहु फिलिम में मुख्य भूमिका में बाड़े आ साथे बाड़ें कुणाल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, मनोज टाइगर, संजय पांडे, आनंद मोहन, प्रिया पांडे, पुष्पा वर्मा, अयाज़ खान आ एगो विशेष भूमिका में आइल पाखी हेगड़े.

“राजा जी आई लव यु” फिल्म के गीतकार संगीतकार आ निर्देशक विनय बिहारी के बतौर निर्देशक ई दुसरकी फिलिम होखी. कहानी लिखले बाड़न एस.के.चौहान.

सिलवासा में शूटिंग से पहिले निर्माता दीपक शाह वैदिक रीति रिवाज से पूजा अर्चना कइले आ ओकरा बाद एह फिलिम के पहिलका गाना यश आ अंजना पर फिलिमावल गइल. नृत्य निर्देशन कइलें पप्पू खन्ना. निर्देशक विनय बिहारी बतवलें कि ई पारिवारिक आ हास्य रोमांस से भरल फिलिम होखी जवना में मनोरंजन के सगरी मसाला मौजूद रही. निर्माता दीपक शाह के योजना एकरा के नवरात्रि पर रिलीज़ करे के.

भोजपुरी के नइकी रोमांटिक जोड़ी यश आ अंजना के उमेद बा कि इहो फिलिम दिलदार सांवरिया जइसन सिनेमा भोजपुरी में चरचा के विषय बनी. .


(उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।