सीमा सिंह अउरिओ सेक्सी भइली

SeemaSinghSezyसिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अब अउरी स्लिम आ सेक्सी हो गइल बाड़ी. पिछला दिने सीमा सिंह आपन वजन सात किलो घटा लिहले बाड़ी. एह चलते जब सीमा सिंह रवि सिन्हा निर्देशित ‘जंजीर’ के शूटिंग ला सिलवासा पहुंचली त खुद निर्देशक रवि सिन्हा उनुका के देख चिहुँक गइले. एह ‘जंजीर’ में सीमा सिंह कमाल के आयटम नम्बर कर देखवली. एह पर निर्देशक रवि सिन्हा कह दिहलन कि सीमा सिंह जइसन मेहनती लड़िकी दोसर नइखे देखलन. सेट पर आवते सीमा कैमरा क सोझा अपना डांस स्टेप से बिजली गिरा देली..

वइसे चलत चलत इहो जानलीं कि सीमा सिंह के एगो फिलिम ‘तेरी कसम’ जल्दिए रिलीज होखे वाल बा जवना में ऊ खेसारीलाल यादव संगे आयटम नम्बर कइले बाड़ी. नायिका बाड़ी मोनिका बत्रा. निर्माता आ निर्देशक दुन अनिले सिनकर हउवन. संगीतकार बाड़ें झुमरू.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।