भोजपुरी सिनेमा का परदा पर राजकुमार पाण्डे के जादु

नायक आ नायिका के जादू के चर्चा त सिनेमा जगत में अक्सरहाँ होला बाकिर शायदे कबो कवनो निर्देशक के सफलता के ताज पहिरावल जाले जवना के सिनेमा जगत के बाकिओ लोग सही माने. एह मामिला में भोजपुरी सिनेमा के युवा निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे के जादू सबका सिर चढ़ के बोल रहल बा.

निर्देशक का रुप में राजकुमार आर पाण्डे सफल फिल्मन के लाइन लगा के राख दिहले बाड़न. एह साल रिलीज भइल राजकुमार आर पाण्डे निर्देशित दू गो लगातार फिल्म सफलता के झंडा फहरा दिहले बाड़ी सँ. होली पर रिलीज भइल फिल्म सात सहेलियां बिहार यूपी का करीब दर्जन भर सिनेमाघरन में सफलता का साथ पचासवाँ दिवस मनवलसि आ अबहियों टिकट खिड़की पर भीड़ मौजूद बा.

दुसरकी फिल्म देवरा बड़ा सतावेला त एतिहासिक कलेक्शन बटोर रहल बिया. बिहार के पचीस गो सिनेमा घर से तीने हफ्ता में साठ लाख के बिजनेस कर के ई फिल्म कई गो सिनेमाघर में सफलता के रिकार्ड बना लिहले बिया.

वितरक आ थिएटर मालिकन का नजर में दुनु फिल्म के सफलता के श्रेय राजकुमार के सधल निर्देशन के दिहल जाई जे साथही साथ दर्शकन के पसन्द के ख्याल राखत फिल्मन में सही मसाला सही अनुपात में डलले बाड़न. साल २००८ के सबसे बड़ हिट लागल रहऽ ए राजा जी आ साल २००९ के सबसे बड़ हिट फिल्म दिवाना के निर्देशन राजकुमारे पाण्डे के रहुवे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।