अब भोजपुरी में बनावल जाई करोड़पति
-

भोजपुरी चैनल महुआ टीवी ६ जून से भोजपुरी में “के बनी करोड़पति” के प्रसारण सोमार से शुक ले रोजाना रात ९ नजे से कइल करी. एह शो के एंकर रहीहें बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा आ सामने के तवाइल सीट पर रही बिहार यूपी के आम जनता. पचास एपिसोड के एह शो में हर हफ्ता एगो मशहूर सेलिब्रिटी तवाइल सीट पर बइठल करीहें. शो अपना हिन्दी संस्करण “कौन बनेगा करोड़पति” का प्रारूप पर होई आ एकरो के सिद्धार्थ बसु के कंपनी बिग सिने जी बना रहल बा. एह मशहूर शो के भोजपुरी संस्करण में शामिल होखे खातिर बहुते बड़ संख्या में लोग अपना के रजिस्टर करावल. ओहमें से केकर किस्मत टाँठ बा ई देखे लायक रही. जे आदमी पन्द्रह गो लगातार सवालन के सही जबाब दे दी ओकरा मिली एक करोड़ रुपिया के पुरस्कार दिहल जाई.

एह शो का एगो खास एपिसोड में सेलिब्रिटी मेहमान बनि के शत्रुघ्न सिन्हा के बेटी आ मशहूर हिन्दी अभिनेत्री सोनाक्षी तवाइल सीट पर बइठेवाली बाड़ी आ दर्शकन के पहिला बेर बाप बेटी के एके साथ टीवी पर देखे के मौका मिली. कहल जात बा कि एह शो में भाग लेबे खातिर सोनाक्षी के भोजपुरी सीखे के पड़ल. एक जगहा सोनाक्षी कहले बाड़ी कि भोजपुरी सीखे में उनुका बहुत आनन्द आइल.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)
(चित्र ओमप्रकाश अमृतांशु के बनावल)

3 Comments

  1. SAHIL

    bahut sahi sawal poonchha hai aapne opg
    bahut sundar colouring opg

    Reply
  2. kiran Pandit

    Very – very good cartoon.

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts