चोकलेटी स्टार से बन गइलन ही-मैन

भोजपुरी के मशहूर गायक आ सुपर स्टार पवन सिंह के नाम आवते सुने वाला का जेहन में एगो मासूम चेहरा उग आवेला जवन अभिनेत्रियन से इश्क फरमावेका आ जरुरत पड़े त गुंडा सबके सबक सिखावतो लउक जाला. अब उहे पवन सिंह अपना मासूमियत के साथे साथ एगो नया रूप में परदा पर अवतरित होखींहे आ ई छवि होखी सन्नू देओल का अंदाज में एगो हीमैन के. आ अपना मजबूत हाथन से दुश्मन के छक्का छोडावत नजर आई.

पवन सिंह अपना के एह रूप में ढाले खातिर अपना के बहुते तपवलन आ जिम में पसीना बहवलन. पवन सिंह अपना के शुरूवे से सन्नी के फैन बतावेलन आ कहेलन कि जबो ऊ परदा पर सन्नी के देखसु त इहे सोचसु कि ओही अंदाज में गुंडा सब के पिटाई करीहें. बाकिर गाइकी में मिलल लोकप्रियता आ अभिनय में मिलल सफलता का चलते ऊ बहुते व्यस्त हो गइले आ निर्देशको लोग उनुकर चाकलेटी चेहरा देखत उनुका के रोमांटिके रोल देत गइल. ई अलग बाति कि ओहू फिलिमन में पवन जबे अवसर मिलल अपना रोल मॉडल सन्नी देओल के अंदाज़ के परदा पर उतारे के काम करत रहलन.

बतावे जोग बा कि पवन सिंह मिथिला टॉकीज के राजू निर्देशित “राखेला शान भोजपुरिया जवान”, रवि भूषण के “आंधी तूफ़ान” समेत लगभग आधा दर्जन नया फिलिमन में रोमांस का साथही जबरदस्त एक्शनो करत लउकीहें. बहरहाल, पवन सिंह भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज में ही मैन के कमी पूरा कर दिहले.


(उदय भगत, अपना न्यूज आ रंजन सिन्हा के अलग अलग रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *