छत्तीसगढ़ी अभिनेत्री रीमा सिंह भोजपुरी सिनेमा में अइली
-

भोजपुरी सिनेमा के पचास साल के सुनहुला दौर के खिंचाव चारो ओरि पसरे लागल बा आ शायद एही चलते सिनेमा भोजपुरी में हर भाषा के कलाकर आवे लागल बाड़े. छत्तीसगढ़ी फिलिमन के चर्चित अभिनेता आ पेशा से एडिशनल एस०पी० रहल शशिमोहन सिंह आ तीन दर्जन से अधिका छत्तीसगढ़ी फिलिमन के अभिनेता रजनीश झांजी का बाद अब ओहिजा के चर्चित अभिनेत्री रीमा सिंह भोजपुरी सिनेमा में डेग धइले बाड़ी.

निर्माता राकी दासानी आ प्रकाश अवस्थी के सतीश जैन निर्देशित छतीसगढ़ी फिल्म “मया” से अपना कैरियर के शुरुआत करे वाली रीमा सिंह लगभग एक दर्जन फिलिमन के नायिका रहल बाड़ी जवना में “सजना मोर”, “भोला और शंकर”, “राम बनाही जोड़ी”, “दिल परदेशी होगे रे”, “सलाम छत्तीसगढ़” अउर “मोहिनी” वगैरह हिट फिलिम शामिल बाड़ी सँ.

भिलाई में पलाइल बढ़ल रीमा सिंह हई महमदपुर, छपरा के आ भोजपुरीओ फर्राटा से बोलेली. राजीव दास निर्देशित उनुकर फिल्म “छैलाबाबू तू कईसन दिलदार बाड़ऽ हो” पिछला साल रिलीज भइल रहे जवना में ऊ गाँव के नटखट चुलबुली लड़िकी के किरदार कइले रही. अब एगो लमहर अन्तराल का बाद रीमा सिंह निर्माता अजेश मिश्रा आ निर्देशक कौशल किशोर के फिल्म “जख्मी औरत” से भोजपुरी परदा पर फेर सक्रिय हो गइल बाड़ी. उनुकर कई गो फिलिमन के शूटिंग जल्दिये शुरू होखे वाला बा.

माधुरी दीक्षित के अभिनय आ नृत्य के कायल रीमा सिंह बतावेली के ऊ बचपने से माधुरी दीक्षित के प्रशंसक हई आ उनुका नृत्य आ अभिनय से बहुते प्रभावित भइल बाड़ी. कहेली कि उनुकरे फिलिम देख के उनुका अभिनय के ललक जागल रहुवे आ आजु अभिनेत्री बन चुकल बाड़ी.


(अपना न्यूज़ के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts